B'day spl: खेतिहर से सिंगर आ ओकरा बाद सुपरस्टार बने में निरहुआ के रहल बा कड़ा संघर्ष, जानीं कइसे

दिनेश लाल यादव उर्फ निरहुआ, आज भोजपुरिया क्षेत्र के अलावा हिन्दी पट्टी में भी जानल जाए लागल बाड़ें. भोजपुरिया इलाका में त उनके बहुते दिन से गूंज रहल बा. बाकिर कमे लोग के मालूम होई कि उ कॉमर्स के मेधावी स्टूडेंट रहलें, कलकत्ता में अपना अकाउन्टेंट भा कवनो छोट मोट नोकरी में सेट होखे के सपना देखत रहलें. बाकिर अचानक आइल विपत उनके खेतिहर मजदूर बना देहलस. मन में लगन रहे त गायक बनलें आ फेर स्टार गायक भी हो गइलें. ओकरा बाद फिलिम में अइलें अउरी सुपरस्टार हीरो भी हो गइलें. बहुत रोमांचक सफर वाला जीवन जिए वाला निरहुआ अब भाजपा के स्टार नेता भी बाड़ें.

from Latest News मनोरंजन News18 हिंदी https://ift.tt/KNr4Dpsxj

Comments